Featured post

यादों की चिड़िया

अब मिलना नही होता तुझसे कभी पर , तेरे ख़त अब भी मिल जाते हैं , बिखरे हुए दानों की तरह मुझे यूँ ही  कभी कभी,  झांकते हुए से   कभी इस पल्ले से ...

मंगलवार, 19 जनवरी 2016

जाला ना करेजवा बिन्धाय हो


चिरई रे काहे तू करे लू पुकार हो
करेजवा जाला रे छेदाय हो
के कजरी हो काहे के करे लू तू गुहार हो
मनवा के पथरा पे पनिया के बूँदवा हो
काहे के जाला बिछलाय हो
कुहुक कुहुक तू त गावेलू बगिचवा में
जाला करेजवा जुराय हो
के ऋतुवा बसंत के जो आवेला उमरिया पे
तू ही गीतिया से दे लू ना संवार हो
के तोहरा दरद हमसे सुनलो ना जाला
जाला कइसन त करेजवा बिन्धाय हो
कैसे कहीं तोहरे रोअळा से हमरा
जियरा त जाला ना डराय हो
के तोहरे पियवाके बाँध के लिहले जाला ब्याध
ईहै विरह व्यथा है का तुहार हो
के लइकन के तोहरे पकडले बा बटोहिया हो
के करे लू अइसन चीत्कार हो
न। रोआ हो कोइल रानी न रोआ हो करेजवा
के बिरह ब्यथा ह अपार हो
पकड़ जैहें ब्याध हो पकड़ जैहें बटोहिया
पकड़ लीहें राजा जी
लीहें तोहरे करेजवा के छुड़ाय हो
न रोआ हो चिरई रानी
ना रोवा हो कोइल रानी
अइहैं सजनवा तुहार हो

कोई टिप्पणी नहीं: